हमरो कसम बाटे रोई हS ना माई
बेटा के तू सुनी बलिदान हो
बेटा के तू सुनी बलिदान हो
लाश पती तिरंगा तू चढाई हS हे माई
देश खातीर दिहनी हS आपन जान हो
बहिना से कही हS की राखी ना भुलाई
भले राखी फोटवे पे हमरा चढ़ाई
बाबू जी से कही हS जय हिन्द बोली हे
तब दिहे अर्थी के काम हो
कातना बहादुरी से लड़नी हS पूछी हS
बड़ा भगवान् बाड़ू कुछु जन सोची हS
आपना बहुरिया के क्रिया धराई हS
रोई हे तS होई अपमान हो होई अपमान
हमरा बेटउवा के फौजी बनाई हS
बेटवा वाला सपना माई नाती पर पुराई हS
कही हS पापा तोहार देशवा खातीर
शान से भईले कुर्बान हो शान से भईले कुर्बान

